काम बड़ा ई नीक करईनी रऊआ ए नेताजी
गाँव में नइखे पानी लेकिन मिलेला पऊआ ए नेताजी
चाउर दाल में कंकर बा त कऊनो बात ई नइखे
दांत टुटल बा सारा पर बाचल बा चऊआ ए नेताजी
इस्कूल में मास्टरजी आके भी का कर लीहें
होई त नऊआ के बेटा तब्बो नऊआ ए नेताजी
कऊनो कुछ हेराई तब्बे कुछ कऊनो पायी
भूख से कऊनो मरी तब्बे कुछ खाई कउआ ए नेताजी
पढ़ा-लिखा के केतना ऊपर पहुंचा देहनी ओकरा
इस्कूल के खिचड़ी खा के काल्हे बचल न बऊआ ए नेताजी